#video सोहर-Sohar। राम जी जन्म लिहले हो | Ram Janam Sohar | Bhojpuri। Desi Lok Dhun
#Bhojpurigeet #Folksong #Traditionalsong #desilokgeet #ramjanmsohar #sohar #desilokdhun #Lokgeet #deshbhaktigeet #सोहर #bhojpuria #bhojpurigeet #raamjikabhajan #best #sohar #sonekekatoriya #chandamama #sohargeetbhojpuri #soharsong #sohargeet #bhojpuria #ayodhya #parulsharmaofficial #video सोहर-Sohar। राम जी जन्म लिहले हो । Ram Janam Sohar | Bhojpuri। Desi Lok Dhun Song Credits: Singer - Parul Sharma Lyrics - Traditional ( edited by Ankush Kashyap) Music label - Desi Lok Dhun भोजपुरी लोकसंस्कृति में “सोहर” केवल पुत्र जन्म के गीत ना होकर, पूरा पारिवारिक, सामाजिक, आर्थिक आ भावनात्मक जीवन के अभिव्यक्ति ह। एह विधा के व्यापकता एतना विशाल बा कि एह में गंगा गीत, छठ गीत, मनौती गीत, श्रृंगार, विरह आ करुण रस तक के समावेश देखे के मिलेला। भोजपुरी लोकगीतन में सोहर एगो “मंगलगीत” के रूप में मानल जाला, जेकर मूल भाव खुशी, वंश-वृद्धि आ नवजीवन के स्वागत से जुड़ल बा। भोजपुरी परंपरा में मुख्य रूप से दू गो विधा प्रचलित बा — “सोहर” आ “खेलवना”। खेलवना विशेष रूप से बच्चा के जन्म के बाद गावल जाला। एह गीतन में महतारी, दादी-नानी, टोला-मोहल्ला के औरत-बच्चा सभे मिलके नवजात के खेलावे, दुलरावे आ आशीर्वाद देवे के परंपरा निभावेला। कई बेर खेलवना बच्चा के जन्म से पहिले भी गावल जाला, बाकिर असल रूप से ई नवजात के स्वागत के गीत ह। सोहर के भी दू रूप मानल गइल बा — पूर्व पीठिका आ उत्तर पीठिका। पूर्व पीठिका में प्रसूता के गर्भावस्था, पीड़ा, मनोभाव आ मंगल कामना से जुड़ल गीत गावल जाला। उदाहरण के रूप में “प्रथम गणेश पद…” जइसन मंगलाचरण आवेला। उत्तर पीठिका में बच्चा के जन्म के बाद खुशी आ आशीर्वाद के गीत गावल जाला, जइसे — “जुग जुग जिअसु ललनवा…”। लोकविद् कृष्णदेव उपाध्याय जी के अनुसार “सोहर” शब्द खुद कई गीतन में प्रयुक्त भइल बा। ई बतावेला कि सोहर केवल गीत ना, बल्कि उत्सव, आनंद आ मंगल के प्रतीक ह। तुलसीदास जी के पंक्तियन — “गावहि मंगल मंजुल बानी, सुनि कलरव कलकंठ लजानी” में भी एह मंगलमय वातावरण के झलक मिलेला। सोहर के भाव केवल खुशी तक सीमित नइखे। एह गीतन में श्रृंगार, करुण, विरह, पीड़ा आ स्त्री मन के कोमल अनुभूति भी गहराई से झलकेला। उदाहरण स्वरूप एगो प्रसूता के मनोभाव देखीं — “सावन के सवनइया आंगन सेज डाली ले हो, ए पिया फुलवा फुलेला करइलिया गमक मन भावेला लो…” एह गीत में स्त्री के कोमल भावना, प्रतीक्षा आ प्रेम के सुंदर अभिव्यक्ति मिलेला। एहसे साफ बा कि सोहर केवल जन्मोत्सव ना, बल्कि स्त्री जीवन के भावनात्मक दस्तावेज भी ह। पुरान समय में “धगरीन” यानी दाई लोग के बच्चा जन्मावे में बहुत महत्व रहल। ऊ नार काटे से लेके जच्चा-बच्चा के देखभाल तक के जिम्मेदारी निभावेली। एह कारण सोहर गीतन में धगरीन के उल्लेख सम्मानपूर्वक मिलेला। भोजपुरी लोकगीतन में गंगा गीत, छठ गीत आ संझा-पराती गीतन में भी संतान प्राप्ति के कामना के स्वर खूब मिलेला। गंगाजी, छठी मइया भा अन्य देवी-देवता से पुत्र-पुत्री मांगे के परंपरा लोकजीवन के गहरा आस्था से जुड़ल बा। हालांकि, एह गीतन के सोहर में गिनल जाव कि अलग भक्ति-गीत के रूप में — ई आजो लोकसाहित्य में बहस के विषय बा। जइसे एगो प्रसिद्ध गीत में कोसिला नामक स्त्री गंगाजी से संतान मांगे खातिर विनती करत बाड़ी — “गंगा के ऊंच अरारवा, चढ़त डर लागेला हो, ताही चढ़ि कोसिला नहाली, मुकुती बनावेली हो…” एह गीत में गंगाजी से संवाद, भक्ति आ मातृत्व के लालसा एक साथ दिखाई देला। लय-ताल आ शैली सोहर जइसन जरूर बा, बाकिर मूल रूप से ई गंगा-भक्ति गीत ह। असल में भोजपुरी लोकगीतन के सबसे बड़ खूबी ई बा कि ई जीवन के हर रंग के अपनावे ला। चाहे जन्म के खुशी होखे, संतान के अभिलाषा, स्त्री मन के पीड़ा, प्रकृति से लगाव भा देवी-देवता के भक्ति — हर भाव लोकगीत में सहजता से समाहित हो जाला। सोहर आ खेलवना एह समृद्ध लोकपरंपरा के सबसे जीवंत आ भावनात्मक विधा मानल जाली। Lyrics 1- दरद से व्याकुल कौसल्या रानी मेघ से अरज करें हो, मेघ जनी बरीसऽ अवध के धमवा कि राम जी जनम लीहलें हो 2- केकर भीगेला चुनरीया त केकर पिया ना हो केकर भीगेला मुकुटवा त राम जी जन्म लीहलें हो 3- केकई ए के भींजेला चुनरिया त कौशल्या के पियरीया ना हो दसरथ के भिजे ला मुकुटवा त राम जी जनम लीहलें हो 4- भीजते में राजा जे भागेले धगरीन बोलावे हो धगरिन चलिचल हमरे अंगनवा कि राम जी जनम लीहले हो 5- धगिरीन अइली महलिया अंगनवा में ठाढ़ भईली हो धगिरीन मांगे ली सोने के सोने के हसुलिया कि राम जी जनम लीहलें हों 6- बहरे से राजा अइलें आंगनवा में ठाढ़ भइले हो धगिरीन देबे अयोध्या लुटाई -2 हसुली पहिराईब हो धगिरिन अंगना में सोह़एर सुनाव रामजी जनम लीहलें हो। Email - [email protected] website - desilokdhun.com

🎶 होरीला बड़ा सुंदर हो | Horila Bada Sundar Ho Sohar Geet 🎶 सोहर गीत #sohar

काशी बसल शिव के त्रिशूल 🔱 | New Shiv Bhajan 2026 | सावन स्पेशल lBol Bam Song l कजरी गीत

रामा रामा रटते रटते बीती रे उमरिया - Rama Rama Ratte Ratte Biti Re Umariya || Shree Ram Bhajan

जाते जाते सोनम वांगचुक कर गए मोदी शाह का बहुत बड़ा काम, अस्पताल से आई 9 बड़ी खुशखबरी

कपिल शर्मा ने अनिरुद्धाचार्य महाराज से पूछे मजेदार सवाल, मचा धमाल | The Kapil Sharma Show S2

सबसे मीठा अवधी सोहर: लालन होइगे मड़इया में बड़ा मजा आवै सऊरिया में | Sohar Song | Awadhi sohar Geet

लव-कुश लीला: भाग 2 से भाग 3 तक की कथा | रामायण कुंजी

सुपरहिट बोलबम सॉन्ग 2026| भोले के दरबार में | Bolbam DJ Song | New Bolbam Song l New bolbam song

राम भजन || मैं अवधपुरी से आया हूँ मुझे पार करो केवट भैया || Main awadh puri se aaya hu

ललना रे पजरे से उठेला दरदिया👶 | भोजपुरी सोहर गीत👶 | Bhojpuri Sohar Geet 2026 | लोकगीत

#Video होली फगुआ गीत-Fagua Geet|सीता निकली अवधवा की ओर होलिया खेलै राम लला|अवधी होली गीत|लोकगीत#holi

#video l भोला बाबा कहाँ रहैछि अपने l सुपरहिट बोलबम सांग 2026 | Bholenath new song

हो गयो रे ललनमा कईसे सम्हरी👶 | Sohar Geet 2026 | New Bhojpuri Sohar Song | Traditional Badhai Geet

घर-भर जुटी देवे ललना के आशीर्वाद देखीं #भोजपुरीगीत #Sohar | #GauravJha, #RichaDixit, Ritesh, Raksha

🌺 हे गउरी दौरी-दौरी कहथीन हे | मोरा भँगीया रूसल जाए | शिव-गौरी का प्यारा भजन | New Shiv Bhajan 🕉️

पिया संग झूलब बहिना गे || Maithili Kajri Song || New Maithili Song

अईसन बूढ़बा भतार पर लोभइलू कईसे | Bhojpuri vivah gari geet l Lok Geet 2026 | एतना गरि अवनी हे ननदो

#Video बेलपत्तर बिना जलवा कइसे चढ़ी |#Neelkamal Singh #Akshara Singh |Kanwar Bhajan|Bolbam Song 2026

राधा की तमन्ना है की कान्हा मुझे मिल जाए 💖 Radha Ki Tamanna Hai ! Peaceful Radha Krishna Bhajan 2026

